Thursday, December 24, 2015

क्रिसमस

कालेज के तमाम बढ़िया बातन में एगो बात इहो रहे कि कॉलेज में हर तरह के त्यौहार मनावल जा | कब्बो केहू इ न सोचे कि इ हमार त्यौहार ह कि केहू अउरी के बस मनवले के उत्साह रहे | आज जमाना बदल गईल बा जेसे कि कुछ लोग हमार-उनकर कुछ ढेर सोचे लगल बाने पर आजुओ बहुत से लोग अइसन बाने जवन कब्बो ना सोचेलें | ओ समय हर त्यौहार बस आपन होखल करे | ओह साल से पहिले हमके कब्बो भी क्रिसमस मनवले के अनुभव नाइ भईल रहे | कुछ पता ना रहे कि का होला क्रिसमस और कइसे मनावल जाला ? इहाँ तक कि कब्बो केहू के भुलाइयो के क्रिसमस के बधाई ना देहलीं | ओहू के कारन रहे, कब्बो केहू क्रिसमस वाला दोस्त ना बनल ऊपर से शिशु मंदिर में पढ़नी त उहाँ कब्बो मनावल भी ना गईल त स्कूलवो में ना सीख पवलीं |

सेमेस्टर पेपर के चक्कर में ओ बार नया साल पर केहू घरे ना जा पावल | वैसे में त कॉलेज में क्रिस्चियन लड़का-लड़की ना के बराबर रहले लेकिन हमारे ही क्लास में एगो क्रिस्चियन लड़की मारिया रहे | मारिया से हमार बस ओतने बातचीत होखे कि एक बार उ हमसे पेन मांग लेहले रहे बस | ठीक से 'hi' 'hello' भी ना होखे | जइसे आज कल फेसबुक पर 'like' के संबंध होला बस ओइसही हमार और मारिया के संबंध रहे | दिसंबर के महिना रहे, शाम के समय रहे, जगह रहे कॉलेज के कैंटीन अउर तारीख रहे 25 यानी क्रिसमस के दिन |

ठण्ड में ठिठुरत हम जात रहलीं कैंटीन से बाहर तब्बे अचानक से मारिया सामने पड गईली | अब सामने पड़िए गईली त हमहू फाटक से बोल दिहलिं "HAPPY CHRISTMAS" | इ सुनते ही उ हँसे लगली और कहली "HAPPY CHRISTMAS"  नाही बुद्धू  "MERRY CHRISTMAS" बोलल जाला, ल इ केक खा हम खुद बनवलें हईं | अगर कवनो लइका केहू के बुद्धू आ चाहे एसे मिलत जुलत कुछ बोल देई त बुरा लागी लेकिन हमके उ बुद्धू बहुत ही प्यारा लागल और केक त बहुते मस्त रहे | मारिया फिर पूछली
"तू लोग ना मनावे ल का क्रिसमस?"
"नाही पते नइखे कैसे मनावल जाला"
"बहुत आसान बा, दोस्तन के साथे खुशियाँ बांटS और सांता से जवन विश
मांगे के बा मांग लS"
"सांता सबकर विश पूरा करेलें का?" तनी सोच के हम पूछलीं | एहपर उ बोलली
"विश पूरा होखले के केके पडल बा? जिंदगी में विश होखे के चाहीं , पूरा
होखल जरुरी नइखे , बुझलS"

अब्बे हमहन के बात चलते रहे कि कैंटीन के गेट से हमार दोस्त सब चिल्ला-चिल्ला के बोलावे लगने और ओन्नी मारिया के भी कॉलेज के कुछ अउर लोग आ के  "MERRY CHRISTMAS" विश करे लगने | हम बेमन से अपने दोस्तन के पास चल गईलीं त ईगो दोस्त कोहनी मार के ओई दिन मारिया से बात कईले के पार्टी मांग लेहलस | हमहू ख़ुशी-ख़ुशी मारिया से बातचीत के "ख़ुशी " दोस्तन में पार्टी देके बांट दिहलीं | उ हमार पहिला "MERRY CHRISTMAS" रहे |

आज एतना साल के बाद जब क्रिसमस के शाम में बइठ के लिखत हईं त मारिया अउर उनके साथे भईल अधूरा बातचीत याद आवत ह | ओ अधूरा बातचीत पूरा कईले के विश हम हर क्रिसमस के मांगेलीं, कहे से कि मारिया कहले रहलीं कि "जिंदगी में विश होखे के चाहीं , पूरा होखल जरुरी नइखे" |